Dailyhunt Logo
  • Light mode
    Follow system
    Dark mode
    • Play Story
    • App Story
20 नवंबर 2025 के राशिफल

20 नवंबर 2025 के राशिफल

दिनांक- 20/11/2025

श्री गणेशाय नमः

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

दिन के 12 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा ।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन के 09 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

नाग करण।

दिनांक- 21/11/2025

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 02 बजके 47 मिनट ले।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 55 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

दिन के 10 बजके 43 मिनट ले।

बव करण।

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम-धंधा में फायदा हो सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही। स्वास्थ्य सामान्य। जतरा फायदा दे सकेला।

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पईसा के लेके कुछ नया अवसर मिली। घर-परिवार में सम्मान बढ़ी। प्रेम संबंध में मधुरता आई। खरचा तनिका बढ़ सकेला।

मिथुन| Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

मन कुछ बेचैन रह सकेला, बाकिर काम सफल होई। ऑफिस में तारीफ मिली। नया काम सुरू करे के सोचत बानी तs दिन बढ़िया बा।

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग्य साथ दी। पढ़ाई-लिखाई खातिर बढ़िया समय बा। नौकरी के नया अवसर मिली। स्वास्थ्य में सुधार रही। धार्मिक काम में मन लगी।

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सावधानी जरूरी बा। बहस-झगड़ा से दूरी बनाई। धन निवेश सोच-समझ के करी। प्रेम में कुछ उतार-चढ़ाव हो सकेला।

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दाम्पत्य जिनगी में खुसहाली रही। बेयपार में लाभ होई। पुरान संघतिया से मुलाकात संभव। बाहर के खाना से परहेज करी।

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम में सफलता मिली। अधिकारी लोग खुस रही। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार में खुसी के माहौल रही।

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मानसिक तनाव कम होई। नौकरी में पद-प्रतिष्ठा बढ़ी। प्रेम संबंध मजबूत बन सकेला। सफर लाभदायक रही।

परिवार में खुसी के माहौल रही। नया अवसर हाथ लागी। कारोबार में लाभ होई। स्वास्थ्य बढ़िया। जोखिम वाला काम से बचीं।

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। पईसा के लेके राहत मिली। जीवनसाथी के सहजोग बढ़ी। वाहन सावधानी से चलाईं।

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सोच में सकारात्मकता बढ़ी। नया योजना सफल होई। नौकरी-बेयपार में तरक्की होई। खर्च नियंत्रित रखला के जरूरत बा।

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भाग्य मजबूत बा। रुकल पईसा वापस मिली सकेला। प्रेम में खुसी मिली। घर-परिवार में अनुकूल वातावरण रही। जतरा सफल रही।

Read Also: Nitish Kumar Oath : नीतीश कुमार 10वां बेर बनिहें बिहार के मुख्यमंत्री, NDA विधायक दल के बैठक में लागल मुहर

"खबर भोजपुरी डॉट कॉम" उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से 'खबर भोजपुरी' हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा 'भोजपुरी' में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।

Dailyhunt
Disclaimer: This content has not been generated, created or edited by Dailyhunt. Publisher: Khabar Bhojpuri