Gorakhpur : बरिस 2026 के बहुप्रतीक्षित 'गोरखपुर महोत्सव' अबकि बेर चम्पा देवी पार्क में आयोजित कइल जाई। महोत्सव के तइयारियन के लेके मंडलायुक्त सभागार में महत्वपूर्ण समीक्षा बैठक भइल, जवना के अध्यक्षता सदर सांसद रवि किशन कइलें।
तीन दिन के एह सांस्कृतिक उत्सव 11, 12 आ 13 जनवरी 2026 के आयोजित होई। उद्घाटन पर्यटन मंत्री करिहें, जबकि समापन समारोह के मुख्य अतिथि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ होइहें। ऊ महोत्सव के समापन में पुरस्कार वितरण करिहें।
गोरखपुर महोत्सव के संगे आयोजित होखे वाला शिल्प मेला 17 जनवरी 2026 तक चली। एह मेला में स्थानीय कारीगरन के संगे-संगे देसभर के शिल्पकार आ उद्यमी आपन कला, हुनर आ उत्पादन के प्रदर्शन करी लोग। ई मंच स्थानीय कलाकारन आ उद्यमियन खातिर बड़ अवसर साबित होई।
सांसद रवि किशन कहलें कि गोरखपुर महोत्सव के अबकि बेर नया ऊंचाई पs ले जाये के लक्ष्य बा। मंडलायुक्त अनिल ढिंगरा आ जिलाधिकारी दीपक मीणा सब विभागन के समयसीमा के भीतर तइयारी पूरा करे के निरदेस देलें।
अनिल ढिंगरा, दीपक मीणा, जीडीए उपाध्यक्ष आनंद वर्धन, जीडीए सचिव पुष्पराज सिंह, एसपी अपराध सुधीर जयसवाल, सीएमओ राजेश झा, एडीएम सिटी अंजनी कुमार सिंह, एसपी ट्रैफिक राजकुमार पांडेय, उप नगर आयुक्त दुर्गेश मिश्रा, उप निदेशक पर्यटन राजेंद्र प्रसाद, सीओ ट्रैफिक विवेक तिवारी, क्षेत्रीय क्रीड़ा अधिकारी आविद हैदर आ आउर अधिकारी।
Read Also: 20 नवंबर 2025 के राशिफल
"खबर भोजपुरी डॉट कॉम" उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से 'खबर भोजपुरी' हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा 'भोजपुरी' में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।

